Header Ads

Buxar Top News: बच के रहिह बबुआ: भोजपुरी में अश्लीलता फेंटे वालन के ना छोड़ी "अँखुआ" ..



बैठक में शामिल लोग एह बात प बिचार कइलन की 1300 साल पुरान भोजपुरी भाषा के विरासत के बचाले खातिर इमानदारी से कोशिश कर जाई. इ संगठन ना खाली भोजपुरी के गंदा करे वालन प नजर राखी बलुक उनकरा खिलाफ कानूनी कारवाई भी करी.
बईठ के बतियावत लोग


- किला मैदान में भईल भोजपुरी के लाज बचावे खातिर लोगन के भईल जुटान.
- पुरजोर लड़ जाए भोजपुरी के लड़ाई.

बक्सर टॉप न्यूज़, बक्सर: भोजपुरी भाषा के अश्लीलता से मुक्त करावे खातिर नामी गीतकार तारकेश्वर मिश्र "राही" के अध्यक्षता में किला मैदान में एगो बैठक के आयोजन कईल गईल. बैठक में शामिल लोग एह बात प बिचार कइलन की 1300 साल पुरान भोजपुरी भाषा के विरासत के बचाले खातिर इमानदारी से कोशिश कर जाई. इ संगठन ना खाली भोजपुरी के गंदा करे वालन प नजर राखी बलुक उनकरा खिलाफ कानूनी कारवाई भी करी.

बैठक में ई संकल्प के लेवे वाला लोगन में अभिनेता आ गायक गोपाल राय, नामी मंच उद्घोषक विजय बहादुर सिंह, साहित्यकार पंकज भारद्वाज, महुआ फेम गायक जितेंद्र कुमार, समाज सेवीआ भोजपुरी खातिर संघर्ष करे वाला ओपी पांडेय के साथ-साथ आशुतोष दूबे, शराफत हुसैन, पवन पाठक, अनिवेश राय, राजीव कुमार रंजन, अंकित शर्मा, राघवेंद्र कुमार, सूरज कांत पांडेय, राजेश कुमार, आर्यन सिंह के साथे ढेर लोग शामिल भइलन.

















No comments