Header Ads

Buxar Top News: वीडियो: माई के करजा उतारे खातिर एकजुट होखस भोजपुरिया - नन्द कुमार तिवारी

उ इहो कहले कि भोजपुरी भाषा के अस्तित्व बचावे के बा त भोजपुरी के अश्लील गीत के गीतकार, गायकन आ उनकर गीतन के शालीनता से बहिष्कार करे के होई.

देखीं वीडियो:

- बैठक क के भईल अपील, नशा, अश्लीलता मुक्त आ स्वच्छता युक्त समाज के होखे रचना.
- कहलन भोजपुरिया, शालीनता से होखे अश्लीलता के विरोध.

बक्सर टॉप न्यूज़, बक्सर: "गन्दगी के गन्दगी से नईखे धोअल जा सकत, बलुक गंगाजी के पानी से एकरा के साफ कईल जा सकत बा." ई बात अटल सेना के संरक्षक नन्द कुमार तिवारी भोजपुरी से अश्लीलता मिटावे तथा शराब बंदी आ साफ़-सफाई खातिर आयोजित बैठक में कहलन. उँहा के कहनी कि आज के समय में आपस में द्वेष, घृणा बढ़ गईल बा, एकर त्याग सभे हेहु के करे के होई. श्री तिवारी कहलन कि बक्सर संघर्ष के धरती ह, एहिजा से निकलल आग देश के कोना-कोना तक जाई. साथे- साथे उ इहो कहले कि भोजपुरी भाषा के अस्तित्व बचावे के बा त भोजपुरी के अश्लील गीत के गीतकार, गायकन आ उनकर गीतन के शालीनता से बहिष्कार करे के होई. उँहा के इहो कहनी कि भाषा के मान-सम्मान बढ़ावे के साथे ही हमनी के शराबबंदी के सफल बनावे खातिर भी एक जुट होखे के होई. मौका पर मौजूद गीतकार पंकज बसुधरी कहलन कि भोजपुरी में अश्लीलता फेंटे वाला गीतन के अगर कउनो भोजपुरिया ना सुने तब उ आपन माई भाखा के करज उतार सकत बा. आ अइसन कर के हमनी के अश्लीलता के दोकान बंद करवा सकत बानी जा. बैठक के बाद सभे लोग भोजपुरी के साफ़ आ अश्लीलता मुक्त बनाने खातिर सपथ भी लिहले.बैठक के अध्यक्षता नन्द कुमार तिवारी आ सञ्चालन प्रभाकर ओझा कइलन.

बैठक में रेडक्रॉस के सचिव डॉ. श्रवण कुमार तिवारी, कॉंग्रेस नेता डॉ. सत्येंद्र ओझा, संजय सिंह राजनेता, छात्र शक्ति के संयोजक सौरभ तिवारी, युवा शक्ति के संयोजक रामजी सिंह,  अँखुआ के संयोजक आशुतोष दुबे, आंदोलन के अध्यक्ष गिट्टू तिवारी, अटल सेना के राजेश, कुमार राय, डॉ राजीव रंजन, शशि प्रकाश तिवारी, दीपक आजाद, रंजन ठाकुर, चंदन पांडेय, संजीव तिवारी, मोहित दुबे, संजय सिंह, मनोज पांडेय, अमित राय, मुन्ना तिवारी, विवेक कुमार मिश्र, कृष्ण कांत राय, मनीष तिवारी, शैलेश उपाध्याय, गौरव उपाध्याय, मनीष राय, मनोज ओझा, गुड्डू, राजेश राय, कमलेश कुमार, आकाश सिंह, रणजीत तिवारी के साथे-साथे कई भोजपुरिया समाज के लोग मौजूद रहलन.
























No comments